राघवेन्द्र फिल्म्स के प्यार जिंदाबाद


बरीसन पहिले अमिताभ बच्चन आ रजनीकांत के लेके कईगो बड़हन बड़हन हिट फिल्म बना चुकल फिल्म कंपनी श्री राघवेन्द्र फिल्म्स तेलगु फिल्म जगत के नामी गिरामी कंपनी मानल जाले. लमहर अरसा बाद कंपनी फेर उत्तर भारत के रुख कइले बिया आ “प्यार जिंदाबाद” नाम से एगो भोजपुरी फिल्म बनवले बिया. फिल्म में पंकज केसरी, सेज़ल शर्मा, सारा वगैरह मुख्य भूमिका में बावे लोग. “प्यार जिंदाबाद” सच्चे प्यार पावे खातिर एगो युवक के संघर्ष के कहानी ह जवना में रोमांस आ एक्शन के बढ़िया मिक्स बा. एकर निर्माता काशी जी, निर्देशक मोहन राव, संगीतकार सिद्धार्थ श्रीवास्तव, गीतकार श्याम जी श्याम आ लेखक राजीव यादव हउवें. फिल्म के बाकी कलाकारन में हीरालाल यादव, सिद्धार्थ शर्मा आ राजीव यादव शामिल बाड़े. फिल्म के शूटिंग हैदराबाद के रामोजी राव फिल्म सिटी में भइल बा. सधल स्क्रिप्ट पर बनल एह फिल्म मे मनोरंजन के भरपूर मसाला बा. फिल्म जल्दिये रिलीज खातिर तइयार होखी.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..