फूल बनल अंगार के शूटिंग जारी बा


लेखक निर्देशक फहीम खान के भोजपुरी फिल्म “फूल बनल अंगार” के शूटिंग आजुकाल्हु गुजरात के राजपिपला में चल रहल बा. एह महिला प्रधान एक्शन फिल्म में रानी शोलो पहिला बेर नजर आवे वाली बाड़ी. मारधाड़ आ कॉमेडी से भरपूर एह फिल्म देख के सत्तर के दशक के सिनेमा याद आ जाई. फिल्म के निर्माता अविनाश तिवारी, गीतकार संगीतकार पवन मिश्रा, नृत्य निर्देशन रामदेवन, फाईट गब्बर सिंह के आ कैमरा श्यामल दा के बा. रानी चटर्जी, गोपाल राय, बिपिन सिंह, दीपक भरियाला, पूर्णिमा राय, सीमा सिंह वगैरह एकर मुख्य कलाकार बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..