फेरु चलल आदि शक्ति आ रमाकांत प्रसाद के सिक्का

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट अउर रामाकांत प्रसाद के सिक्का एक बेर फेर चलल बा कुमारी माई मूवीज के बैनर तले बनल निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के फिल्म ‘जान तेरे नाम’ से जवन बिहार का बाद अब मुंबई आ उत्तर प्रदेश में सफलता के झंडा गाड़त बिया. एह फिल्म के देखे खातिर सिनेमाघरन में लमहर लमहर लाइन देखे के मिलत बा. एक्शन स्टार विराज भट्ट आ खेसारीलाल यादव के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म के सफलता से खुद रमाकांत प्रसादो उत्साह में बाड़ें. उनका चारो ओर से बधाई मिलत बा.

गोरखपुर के यूनाईटेड टॉकीज में फिल्म देखे आइल नदीम खान के कहना रहे कि फिल्म के प्रोमो देख के लागल कि ई फिलिम अलगे तरह के बा. मुंबईओ में जब फिलिम लागल त ओहिजो दर्शकन के उछाह के अंदाज वइसने रहल. लोग ब्लैक में टिकट खरीद के देखल, पहिला बेर तीन-तीन शहर में एकर एक साथ स्पेशल स्क्रीनिंग करावल गइल जवन एगो रिकार्ड बना दिहलसि.

(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।