फेर बैतलवा डाढ़ पर : देश में राहत के लहर

विक्रम बैताल के मशहूर कहानी दोहरावत आजु कांग्रेसी डाढ पर बइठल गान्धी परिवार के बैताल फेरु छटक के डाढ़ पर जा बइठल. विक्रम का लगे एह बैताल से मुक्ति के कवनो राह ना मिलल आ कांग्रेसी डाढ़ पर फेरु बैताल सवार हो गइल.

एह फैसला से देश भर में राहत के लहर पसर गइल काहे कि अगर कवनो अचरज से कवनो दोसर पोसुआ अध्यक्ष मिलियो गइल रहित त अनेसा रहुवे कि देर सबेर ऊ कहीं गाँधी परिवार से अलग राह मत धर लेव. ओह हालत में काग्रेस के फेरु जियतार होखे के अनेसा रहुवे बाकिर भगवान कृपा से कांग्रेसी जमात गाँधी परिवार से मुक्ति ना पा सकल. अब पुत्रमोह से पीड़ित सोनिया गाँधी फेर कांग्रेस के अंतरिम अध्यक्ष बन गइल बाड़ी आ देर सबेर फेर राहुल आपन जगह ध लीहें.

एह फैसला से इहो साफ हो गइल कि भाई बहिन के टीम में एका ना हो सकल. एकाध बैर हवा बनावे के कोशिश भइल कि राहुल ना त प्रियंके के अध्यक्ष बना दिहल जाव. बाकिर राहुल के लोग शायद एह ला तइयार ना भइलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।