सीबीएसई आपन फीस बेतहासा बढ़वलसि
-

देश के बड़का शिक्षा बोर्डन में शामिल सीबीएसई आपन परीक्षा शुल्क में बेतहासा बढ़ा दिहलसि. अब 10 वीं आ 12 वीं वोर्ड के परीक्षा देबे वाला विद्यार्थियन से 1500 रुपिया परीक्षा शुल्क लीही सीबीएसई बोर्ड. पहिले ई फीस 750 रुपिया लागत रहुवे.

बोर्ड एलान कइले बावे कि जवन विद्यार्थी आपन पंजीयन करवा चुकल बाड़ें ओहू लोग के ई बढ़ल फीस जमा करे के पड़ी आ जबले जमा ना करीहें तब ले पंजीयन ना हो पाई.

अनुसूचित जाति आ जनजातियन के विद्यार्थियन के फीस त 24 गुना बढ़ा दिहले बावे सीबीएसई बोर्ड. पहिले ओह लोग के महज 50 रुपिया के शुत्क देबे के पड़त रहुवे जवन अब बढ़ा के 1200 रुपिया कर दीहल गइल बा.

अतने ना. ई फीस त 5 विषय के परीक्षा ला बा. जे लोग अतिरिक्त विषय रखले बा ओह लोग के हर विषय पर 300 रुपिया अलगा से देबे के पड़ी. ई शुल्क सभका ला एक बरोबर राखल गइल बा. पहिले ई फीस 150 रुपिया रहुवे.

माइग्रेशनो फीस 150 रुपिया का बदले अब 350 रुपिया हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts