बगौरा में इनार में उतरल दू गो नवहियन के मौत

सिवान जिला के दुरौंदा इलाका के बगौरा गाँव में शुक के साँझ गुन्नू साई इनार में कूदल. इनार में पानी कम रहल बाकिर जहरीला गैस का चलते ऊ बेहोश हो गइल. बाद में ओकरा के निकाले इनार में उतरल सोनू मुहम्मद नाम के लइको बेहोश होके गिर गइल. बाद में अउरी लोग जुटल आ बाँस बल्ली का सहारे दुनु के निकालल. बाकिर तब ले दुनु के मौत हो चुकल रहुवे. बतावल जात बा कि गुन्नू अकसर खेला देखावत इनार में कूदत रहे आ निकल जात रहे बाकिर शुक के दिन ओकर अंतिम दिन रहुवे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..