बच्चू पाण्डेय के महूरत धूमधाम से भइल.

Bachchu-teamजे एंड एस फिल्म इंटरनेशनल के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम “बच्चू पाण्डेय” के महूरत पिछला दिने धूमधाम से मुंबई मे कइल गंइल. एह मौका पर अनेके नामी गिरामी हस्ती मौजूद रहली स. जइसे कि उदित नारायण. लौरंस डीसूजा, हेमंत बिरजे, सुमित सरकार, गिरीश शर्मा, संजय भूषण पटियाला, कल्पना शाह वगैरह.

ई फिलिम एक्शन आ रोमान्स से भरपूर होखी आ एकर शूटिंग सितम्बर के दुसरका हफ्ते से कइल जाई. एह फिलिम “बच्चू पाण्डेय” के कहानी बिहार आ यू पी पर आधारित बा. फ़िलहाल एकरा गाना के रिकार्ड मुंबई में करवाववल जात बा.

निर्माता जूडिथ एस गोनसलवेस अउर एम एस उरूज़, लेखक.निर्देशक जेड सुरेश शंकर, गीतकार.प्यारे लाल यादव, अउर फनिन्दर राव, संगीतकार अमन श्लोक, नृत्य. संजय कोरबे, डीओप़ी नीतू अग्रवाल, फाइट मोहम्मद अली, आ एडिटर सुनील यादव.

मुख्य कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, कल्पना शाह, नेहा तिवारी, संजय वर्मा, मनीषा गुरुजल, विजय सक्सेना, पुष्पराज सिंह, पंकज मेहता, नीरज हेसरिंग, सुमित सरकार आ गिरीश शर्मा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।