बच्चू पाण्डेय के महूरत धूमधाम से भइल.

Bachchu-teamजे एंड एस फिल्म इंटरनेशनल के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम “बच्चू पाण्डेय” के महूरत पिछला दिने धूमधाम से मुंबई मे कइल गंइल. एह मौका पर अनेके नामी गिरामी हस्ती मौजूद रहली स. जइसे कि उदित नारायण. लौरंस डीसूजा, हेमंत बिरजे, सुमित सरकार, गिरीश शर्मा, संजय भूषण पटियाला, कल्पना शाह वगैरह.

ई फिलिम एक्शन आ रोमान्स से भरपूर होखी आ एकर शूटिंग सितम्बर के दुसरका हफ्ते से कइल जाई. एह फिलिम “बच्चू पाण्डेय” के कहानी बिहार आ यू पी पर आधारित बा. फ़िलहाल एकरा गाना के रिकार्ड मुंबई में करवाववल जात बा.

निर्माता जूडिथ एस गोनसलवेस अउर एम एस उरूज़, लेखक.निर्देशक जेड सुरेश शंकर, गीतकार.प्यारे लाल यादव, अउर फनिन्दर राव, संगीतकार अमन श्लोक, नृत्य. संजय कोरबे, डीओप़ी नीतू अग्रवाल, फाइट मोहम्मद अली, आ एडिटर सुनील यादव.

मुख्य कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, कल्पना शाह, नेहा तिवारी, संजय वर्मा, मनीषा गुरुजल, विजय सक्सेना, पुष्पराज सिंह, पंकज मेहता, नीरज हेसरिंग, सुमित सरकार आ गिरीश शर्मा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..