हैट्रिक का तइयारी में विराज भट्ट
-

KasamVardiK-posterभोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट हैट्रिक के तइयारी में बाड़न. उनुकर दू गो फिलिम, ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ आ ‘पंचायत’, पिछला दिने बिहार में कमाल कर देखवली सँ. आ अब विराज भट्ट के तिसरकी फिलिम ‘कसम वर्दी के’ 20 सितम्बर के बिहार में रिलीज होखे जात बा. ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ फिलिम एही हफ्ता मुंबईओ में रिलीज होखे वाली बा.

अपना पिछला दुनु फिलिम के सफलता से उत्साहित विराज भट्ट अपना आवेवाली फिलिम ‘कसम वर्दी के’ लेके बहुते उत्साहित बाड़े. कहतारें कि निर्देशक दिनेश यादव कमाल के फिलिम बनवले बाड़ें. एहमें विराज के नया लुक देखे के मिली. नायिका बाड़ी मोनालिसा. साथी कलाकारन में मदन मोहन, संजय पांडेय, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, आनंद मोहन, मनोज टाईगर, प्रकाश जैस, प्रिया शर्मा, रत्नेश वर्णवाल, तेज यादव, आ किरन यादव के नाम बा. साथही सीमा सिंह, सम्भावना सेठ आ ग्लोरी के तीन गो आईटम नम्बर बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts