बजलऽ ए शंख बाकिर बाबाजी के पदा के

आखिरकार केन्द्र सरकार के विपक्ष के माँग मानही के पड़ल आ टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला के जाँच संसदीय समिति से करावे के सकारे के पड़ल. आजु प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार से एह बात के गोहार कइले कि टू जी स्पेक्ट्रम घोटाला के जाँच करावे खातिर संसदीय समिति के गठन के प्रक्रिया शुरु कइल जाव. एह बीच सरकार विपक्षी दलो से कुछ राहत ले लिहलसि कि ऊ लोग बाकी घोटाला के जाँच एह तरह के समिति से करावे के माँग छोड़ देव आ संसद में बहस का रास्ता ओकर बाति उठावे. पिछला पूरा सत्र सरकार के जिद्द का चलते बेकार चलि गइल रहे आ कवनो कामकाज ना हो पावल रहे. अबकीओ के सत्र वइसहे बेकार मत हो जाव एह खातिर सरकार मान लिहलसि कि संसदीय समिति बना दिहल जाव.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..