बदमिजाज आशिक अपना माशूका के गोली मरलसि

(प्रतीक फोटो)


देवरिया, 27 मार्च (वार्ता). देवरिया के बरहज इलाका में एगो बदमिजाज आशिक अपना एक तरफा प्यार में पगला के अपना माशूका के गोली मार दिहलसि.
पुलिस से पता चलल कि ऊ नवहिल अपना महतारी साथे सोमार का साँझे मंदिर से दर्शन क के घरे लवटत रहत जब पुराना बरहज वार्ड में रहे वाला मानवेन्द्र जायसवाल तिवारीपुर वार्ड का लगे ओकरा के गोली मारके भाग गइल.
घवाहिल नवहिल के जिला अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ से डाक्टर देर रात मेडिकल कालेज गोरखपुर रेफर क दिहलें,
पुलिस मानवेन्द्र का खिलाफ मुकदमा दर्ज क के जांच करत बिया. ओकर कहना बा कि ई आशिकी के मामिला लागत बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।