मिर्जापुर में ट्रैक्टर का धक्का से नवही के मौत

(प्रतीक फोटो)


मिर्जापुर, 27 मार्च (वार्ता). मिर्जापुर के देहात कोतवाली इलाका में ट्रैक्टर का धक्का से साइकिल सवार नवही के मौत हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि सेमरा गांव के पिन्टू (30) भट्ठा पर ड्राइवरी करत रहुवे. सबेरे जब ऊ साइकिल से भट्ठा पर जात रहल तबे जमुनहिया गांव का लगे एगो तेज रफ्तार ट्रैक्टर ओकरा साइकिल के धक्का मार दिहलसि.
एह हादसा में पिन्टू के ओहिजे मौत हो गइल आ चालक ट्रैक्टर छोड़के फरार हो गइल. पुलिस अब ओकर तलाश करत बिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..