बनकटा टीसन पर तीन गो लड़िकन के दर्दनाक मौत

आजु सबेरे देवरिया जिला के बनकटा टीसन पर रेलगाड़ी से कटा के तीन गो लड़िकन के मौत हो गइल. बसनहिया, जगदीशपुर, आ बनकटा तीन गो अलगा अलगा जगहा के ई लड़िका कोचिंग करे भाटपार रानी जाए खातिर टीसन पर आइल रहलें. एक नंबर प्लेटफार्म पर गोरखपुर जाए वाली सवारी गाड़ी खड़ा रहुवे आ तीन नंबर पर सिवान ओर जाए वाली गरीबरथ ट्रेन खुलत रहुवे. ई तीनो लड़िका दू नंबर लाइन पर खड़ा हो के देखत रहलें तबले ओही लाइन पर सिवान का ओर से छपरा मथुरा एक्सप्रेस आ गइल आ कुहासा का चलते ई लोग देख ना पावल आ ट्रेन एहलोग के काटत निकल गइल.
मरेवालन में सोरह से अठारह बरीस के रहले ई तीनो लड़िका.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..