बनारस उत्सव आजु से

वाराणसी 23 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी मे साहित्य. संगीत आ कला ला समर्पित चार दिन के .बनारस उत्सव. बियफे के शुरू होखत बा. एह उत्सव के उद्घाटन लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार करीहें. चार दिन के अलग अलग सत्र मे प्रख्यात गीतकार गुलजार, कवि केदार नाथ सिंह, फिल्मकार डा. चन्द्र प्रकाश द्विवेदी, कलाविद आ चित्रकार जतिन दास अउर वरिष्ठ पत्रकार एम.जे. अकबर शामिल होखीहें.

आयोजन समिति के अध्यक्ष अशोक कपूर बतवले कि महोत्सव के मकसद शहर के अन्तर्राष्ट्रीय पहचान दिआवल बा. आयोजन में बनारसी हस्तशिल्प के पहचान गुलाबी मीनाकारी, बनारस घराना के संगीत परम्परा, अउर फोटोग्राफी पर खास चरचा कइल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।