सगरी विश्वविद्यालयन में वाई फाई सुविधा मिले

लखनऊ 23 अक्टूबर (वार्ता) उत्तर प्रदेश सरकार कहले बिया कि सगरी राज्य विश्वविद्यालयन आ महाविद्यालयन के अपना किहाँ वाई फाई के सुविधा देबे के होखी जेहसे कि छात्र लैपटाप के जरिये आपन पढ़ाई बढ़िया से कर सकसु आ सपा सरकार के दीहल लैपटापन के सही इस्तेमाल हो सके.

प्रदेश के उच्च शिक्षा विभाग के प्रमुख सचिव नीरज गुप्ता बतवलन कि विद्यार्थियन का लगे नेट कनेक्शन ना होखे एहसे कोशिश होखत बा कि विश्वविद्यालय आ महाविद्यालय अपना परिसर के वाई फाई से लैस राखसु. एह बारे में सगरी कुलसचिवन के निर्देश दे दीहल गइल बा कि तीन महीना का भीतर ई सुविधा ले लेव लोग.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..