बनारस संकटमोचन मंदिर पर हमला के आरोपी से मुकदमा हटाई अखिलेश सरकार

सात मार्च 2006 के बनारस का संकट मोचन मंदिर आ कैंट स्टेशन पर भइल बम विस्फोट आ दू दर्जन से अधिका बेकसूर के मौत के आरोपौ चंदौली निवासी शमीम अहमद पर से मुकदमा हटावे के फैसला अखिलेश सरकार ले लिहले बिया जबकि जिला प्रशासन रिपोर्ट भेजले रहुवे कि मजबूत सबूत देखत शमीम पर से मुकदमा हटावल संभव ना हो पाई बाकिर मुसलमानन से कइल आपन चुनावी वादा पूरा करे खातिर तुष्टिकरण के हर सीमा लाँघे के तइयार बिया अखिलेश सरकार.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।