बनारस से चुनाव लड़ीहें नरेन्द्र मोदी

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राजग का छोड़लें भाजपा के काम आसान हो गइल. नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार घोषित करे का राह के सबले बड़ बाधा नीतीश खुद दूर कर दिहलें आ आडवाणी का राह में काँट रोप दिहलें. ना गठबन्हन टूटल रहीत ना मोदी के पीएम पद के उम्मीदवार बनावल जा पाइत ना आडवाणी के सपना टूटीत. शायद एही से कहल जाला कि बुड़बक दोस्त से बढ़िया होला चालाक दुश्मन. खैर अब भाजपा जल्दिए मोदी के पीएम उम्मीदवार घोषित कर दी. आ संभावना जतावल जात बा कि नरेन्द्र मोदी वाराणसी से चुनाव लड़ीहें. एह बहाने पूर्वांचल आ बिहारो के बड़हन हिस्सा में भाजपा के लहर बनावे मे सुविधा हो जाई भाजपा के.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।