प्रधानपति के गोली मार के भागत तीन गो बदमाश मरइले

गाजीपुर जिला के फतेउल्लाहपुर गाव के महिला प्रधान के पति के गोली मार के भागत तीन गो बदमाशन के गाँव के लोग घेर के पकड़ लिहल आ पीट पीट के मुआ दिहल. तीनो बदमाशन के पहचान साबित हो गइल बा. बतावल जात बा कि चुनाव में हारल एगो प्रत्याशी एह बदमाशन के सुपारी दिहले रहुवे कि प्रधानपति रामकिशुन बिंद के मार द लोग. बाकिर मारे का कोशिश में प्रधानपति त घवाहिल हो के रह गइले आ तीनो बदमाश लोग का हाथे पिटा के मर गइले. एह मरल हमलावरन में वीरेन्द्र यादव, मोहन यादव आ दीपक यादव रहले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..