बलिया के बक्सर से जोड़े वाला सेतु पर काम तेजी से चालू

यूपी के बलिया जिला के बिहार के बक्सर जिला से जोड़े वाला जनेश्वर मिश्र सेतु पर काम तेजी से लागल बा आ सरकार के दावा बा कि अगिला साल अप्रेल का पहिले एकरा के चालू करा लिहल जाई.
अगिला साल यूपी विधान सभा के चुनाव होखे वाला बा आ सपा सरकार के मंशा बा कि विकास के अतना काम करा लीहल जाव कि सपा सरकार आपन जीत पक्का करा सके.
बलिया के शिवरामपुर घाट पर बनत जनेश्वर मिश्र सेतु के खासियत बा कि एकरा के जर्मन तकनीक से बनावल जात बा. एह तकनीक से देश में बने वाला ई दोसरका पुल होखी. अइसन पहिलका पुल मुंबई में बनावल गइल बा. अढाई किलोमीटर लमहर एह पुल पर चार सौ करोड़ रुपिया के खरचा होखे वाला बा. एह पुल का नीचे से पानी के जहाजो आराम से आवाजाही कर सकीहें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।