बलिया जिला अस्पताल में दुसरको दिने डाक्टर हड़ताल पर रहले

काल्हु बियफे का दिनहु बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर हड़ताल पर रहलें. काल्हु जनपद के अउरियो स्वास्थ्य केन्द्र के चिकित्सक हड़ताल पर चल गइले जवना से बलिया में मरीजन के दुर्दशा हो गइल बा. बलिया जिला अस्पताल के बत्तीस गो डाक्टर आपन सामूहिक इस्तीफा जिलाधिकारी के दिहले बाड़न त दोसरा तरफ विद्यार्थियन के कहना बा कि अगर झूठ मुकदमा लाद के विद्यार्थियन के कैरियर बरबाद करवावे के कोशिश होखी त परिणाम बहुत खराब होखी. एह बीच १० जुलाई के बलिया में छात्र कर्फ्यू के एलान भइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।