बलिया में गंगा के पानी हर घंटा बढ़ल जात बा

बलिया में गंगा नदी अनेके जगहा खतरा के लाल निशान का उपर बहत बाड़ी आ एहमें काल्हु हर घंटा दु सेंटीमीटर के बढ़ोतरी होखल जात रहुवे. एह चलते रिकनीछपरा, गंगापुर, पचरुखिया, मझौंवा, शुक्लछपरा, गायघाट पोखरा, बघौंच, हांसनगर वगैरह इलाका में बाढ़ के पानी पसर गइल बा. शहर के निचला इलाका जइसे कि महावीर घाट, बेदुआ, रामपुर महावल समेत अनेके जगहा पर नदी के पानी घुस चुकल बा. गंगापुर से लगायत बघौंच ले गंगा नदी बलिया-बैरिया राष्ट्रीय राजमार्ग से सटले बहत बाड़ी जवना चलते एह राजमार्ग पर खतरा के अनेसा बन गइल बा.

ओने सिकदरपुर में घाघरा के पानी धीरे धीरे उतार पर बा बाकिर कटान के समस्या बढ़ले जात बा. सबले खराब हालत सीसोटार के बा. खरीद, कठौड़ा, लीलकर, आ गोसाईओपुर के दियारा में कटान होखत बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।