शहीद सीओ के बीमा खातिर बाप महतारी का खिलाफ दावा ठोकली बेगम
-

कुंडा में मारल गइल सीओ जियाउल हक के बीमा के धन ला उनकर बीबी सीओ के बाप महतारी का खिलाफ मुकदमा ठोक दिहले बाड़ी. उनकर कहना बा कि बीमा के धन बीबी के मिले के चाहीं जबकि बीमा निकाह के पहिले के ह आ ओह पर बापे महतारी के नामिनी बनवले रहले जियाउल हक. बेगम चाहतारी कि बीमा के पूरा धन उनके के दिहल जाव आ बाप महतारी के कुछ ना मिले. ऊ कोर्ट में गोहार लगवले बाड़ी कि कोर्ट बीमा कंपनी पर रोक लगा देव कि जब ले एकर फैसला नइखे हो जात तबले बीमा के भुगतान मत करे. बाकिर कोर्ट ई रोक लगावे से इंकार कर दिहलसि आ कहलसि कि दुनु फरीक के बात सुनला का बादे कवनो फैसला दिहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts