बलिया में छह गो परिवार उजड़ल

परसो बियफे के रात भइल सड़क दुर्घटना से बलिया जिला के सँवरुपुर गाँव के छह गो परिवार उजड़ गइल. संवरुपुर गाँव के भोला राम के दाह संस्कार कर के लवटत रसड़ा के संवरुपुर गाँव के लोग जवना ट्रैक्टर पर सवार रहे ओकर भिड़न्त राजधानी रोड पर पहाड़पुर गाँव का लगे सामने से आवत ट्रक से हो गइल. बतावल जात बा कि ट्रक के ड्राइवर पियले रहुवे. मरे वालन में सातवाँ आदमी गाजीपुर के बाराचँवर के रहे. घवाहिलन के ले के जब लोग रसड़ा सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र पर चहुँपल त ओहिजा इलाज के पर्याप्त सुविधा ना रहल. कुछ लोग के बलिया जिला अस्पताल आ दू गो ढेर घवाहिल के बनारस खातिर रेफर कर दिहल गइल. स्वास्थ्य केन्द्र से घवाहिलन के भेजे खातिर एम्बुलेन्स सेवा ना मिल सकल काहे कि रसड़ा केन्द्र के एम्बुलेंस जमाना से खराब बा आ सूचना का बावजूद ओकर मरम्मत नइखे करावल गइल. दुर्घटना के जानकारी मिलते जिलाधिकारी आ कप्तान ओहिजा चहुँपले आ अपना देखरेख में घवाहिलन के भेजे के इन्तजाम करवले.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..