साड़ी कारोबारी किहाँ से करोड़ो के नाजायज संपत्ति मिलल
-

देश के अरबो खरबो रुपिया के करिया कमाई करे वाला सत्ताधारियन आ उद्योगपतियन का चलते देश में करिया कमाई पर पुरगर रोक नइखे लाग पावत. बीच बीच में आयकर विभाग जब तब कुछ लोग का घर कारोबार पर छापा मार के एह पर काबू करे के प्रयास जरुर करेले. बनारस के सर्राफ समूह के दू गो व्यापारियन किहाँ पड़ल छापा में कई करोड़ के नाजायज संपत्ति सामने आइल बा. १५ करोड़ रुपिया त ऊ व्यापारी सूद पर लगवले बाड़े. आयकर अधिकारी ५० गो बैंक खाता, छह गो लॉकर, लाखो के एफडी, आ करोड़ो के गहना जब्त कइले बाड़न.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..