बलिया में विश्वविद्यालय खोले के कोशिश तेज भइल

बलिया जिला में अस्सी गो कॉलेज बाड़ी सँ जवना के कबो गोरखपुर त कबो पुर्वांचल त कबो काशी विद्यापीठ से जोड़ल जात रहल बा. एक जमाना से बलिया में विश्वविद्यालय खोले के माँग उठत रहल बा. अब राजस्व मंत्री अंबिका चौधरी फेर कोशिश में बाड़न कि बलिया में एगो विश्वविद्यालय खुले. एह खातिर कवनो कॉलजे के विश्वविद्यालय के दरजा ना दे के अलगे से विश्वविद्यालय बनावल जाई आ एह खातिर जमीन खोजल जात बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।