शिक्षकन के हर साल एक हफ्ता ट्रेनिंग दिहल जाव सीबीएसइ

केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड, सीबीएसइ, अपना स्कूलन से कहले बा कि हर शिक्षक के साल में एक हफ्ता के ट्रेनिंग दिहल तय कइल जाव. ट्रेनिंग राज्य सरकार भा केन्द्र सरकार से मान्य कवनो एजेन्सी से करावल जाव. शिक्षा के अधिकार कानून का बाद देश में प्रशिक्षित शिक्षकन के कमी देखत बोर्ड एह नियम के जरूरी बना दिहले बिया आ जवन स्कूल एकर पालन ना करी ओकरा खिलाफ कार्रवाई करी सीबीएसइ.

सरकारी आंकड़ा बतावत बा कि बिहार में १.८६ लाख आ उत्तरप्रदेश में १.४३ लाख शिक्षक अप्रशिक्षित बाड़ें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.