बलिया शहर में तीन गो भाई बहन जान दे दिहलें

बलिया शहर के शास्त्री नगर बड़ा गड़हा मोहल्ला में बियफे का सबेरे दू गो भाई आ एगो बहिन के अचानक मौत हो गइल. तीनो अपना पिता के मरला का बाद चाचा का घर में रहत रहलें. बड़का भाई कोचिंग से कुछ कमा लेत रहुवे आ तीनो मिल के सोनारी के कामो करत रहले. एह तीनो के सबले बड़की बहिन के शादी हो चुकल बा. लोग अवाक बा कि आखिर कवन बात भइल कि तीनो जान दे दिहले. अनेसा जतावल जात बा कि तीनो के मौत जहर खइला से भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।