बेकसूर विद्यार्थियन के गिरफ्तारी का खिलाफ बक्सर में अभाविप के धरना

बुध का दिने दू गो गुट अपने मे लड़त रहलें तले अचके में एसपी साहब के गाड़ी आ गइल. गाड़ी देखते भगदड़ हो गइल बाकिर एसपी साहब का आदेश पर पुलिस ओहिजा से छह जने के गिरफ्तार कर लिहलसि. लोग के कहना बा कि झगड़ा करे वाला बदमाश त भाग निकलले बाकिर तमाशा देखत लोग धरा गइल. ओह लोग के जब बियफे का भोर ले रिहा ना कइल गइल त अभाविप ओह लोग के रिहाई खातिर थाना का सोझा धरना प्रदर्शन कइलसि. बाकिर गिरफ्तार लोग छूटल ना.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..