बलिया शहर में तीन गो भाई बहन जान दे दिहलें

बलिया शहर के शास्त्री नगर बड़ा गड़हा मोहल्ला में बियफे का सबेरे दू गो भाई आ एगो बहिन के अचानक मौत हो गइल. तीनो अपना पिता के मरला का बाद चाचा का घर में रहत रहलें. बड़का भाई कोचिंग से कुछ कमा लेत रहुवे आ तीनो मिल के सोनारी के कामो करत रहले. एह तीनो के सबले बड़की बहिन के शादी हो चुकल बा. लोग अवाक बा कि आखिर कवन बात भइल कि तीनो जान दे दिहले. अनेसा जतावल जात बा कि तीनो के मौत जहर खइला से भइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..