बाइक आ ट्रक के टक्कर में मासूम के मौत

उभांव थाना के तिरनई गांव का नियरा एगो ट्रक एगो बाइक के धक्का मार दिहलसि जवना से ओह पर के सवारी घवाहिल हो गइले आ एगो मासूम के मौत हो गइल. फरसाटार के राजू राजभर अपना भउजाई आ भतीजा भतीजी के अपना मोटर साइकिल से ले जात रहल जब ई हादसा भइल आ चार साल के भतीजी के मौत हो गइल. बाकी तीनो जने घवाहिल हो के अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।