बलिया डीपी ज्वेलर्स से पचास लाख के रंगदारी माँगल गइल
-

गँवे गँवे बलियो में अपराधी हावी होखे लागल बाड़े सँ. अब हाल ई बा कि शहर के एगो बड़हन आ प्रतिष्ठित गहना दुकान डीपी ज्वेलर्स के मालिक पिंटू सर्राफ से पचास लाख रुपिया रंगदारी माँगल गइल बा. अपराधियन के बार बार आवत फोन से हलकान हो के व्यापारी थाना में रपट दर्ज करवले बाड़न जहाँ पुलिस अपराधियन के पकड़े के कोशिश करे के बात कहत बिया. एसपीओ साहब के कहना बा कि अपराधी जल्दिए पकड़ल जइहें. तबले शहर के तमाम व्यापारियन के जान सूखे लागल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts