बाबा रंगीला में विजय वर्मा के जबरदस्त ऐक्शन आ रोमांस

VijayVerma
पिछला साल के सफल फिल्म ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ आ ‘रानी नंबर 786’ के सफलता से यंग्री यंगमैन के छवि बनावत सिनेप्रेमियन का दिल में जगहा बनावे में कामयाब विजय वर्मा अब ओह छवि के तूड़त एगो नया रूप में ‘बाबा रंगीला’ फिलिम में जबरदस्त एक्शन आ रोमांस करत नज़र अइहें. एह प्रेम दिवाना के साथ दिहले बाड़ी तनु श्री. तनु के प्यार में विजय वर्मा अस दिवाना हो जात बाड़ें कि उनका प्रेम छोड़ कुछ लउकत नइखे.

स्माइल टेक मल्टीमीडिया के बैनर में ‘बाबा रंगीला’ के निर्माता विनोद कुमार चौरसिया आ निर्देशक अनुराग मिश्र, एक्शन मास्टर हीरा यादव अउर शकील शेख, छायांकन पप्पू के॰ शेट्टी के बा.

मुख्य भूमिकन में विजय वर्मा, विराज भट्ट, सुशील सिंह, अंजना सिंह, तनुश्री, जसवंत कुमार, रम्पत, कृष्णा भट्ट, अमृत पाल वगैरह आ पूनम दुबे अउर पायल के आईटम बावे.

विजय वर्मा हालही में ‘विजय पथ – एगो जंग’ फिलिमो के शूटिंग पूरवले ह. एकर निर्मात्री शाहजहान शेख विजय वर्मा के काम के तारीफ़ करत थाकत नइखी. कहेली कि जल्दिए विजय वर्मा भोजपुरी सिनेमा जगत खातिर मील के पत्थर साबित होखीहें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..