‘जय हो जगदम्बा माई’ के ७५ वाँ दिन पूरा
-

jay_ho_jagdamba_mai
श्री गौरीशंकर आर्ट्स प्रा॰ली॰ के बैनर में बनल ‘जय हो जगदम्बा माई’ फिलिम सफलता का बारे में ढेरे फिलिमन के पीछे छोड़ दिहले बिया.

मुंबई मे ई फिलिम पचहत्तर दिन पूरा क के अबहियों शान से चलत बिया.

राज वर्मा के निर्देशन में बबल एह फिलिम के निर्मात्री हई रंजू सिन्हा. रंजू जी के कहना बा कि धार्मिक होखला का साथही एक्शनो से भरल बिया ई फिलिम. एही से दर्शको एकरा के भरपूर प्यार दिहले जात बाढ़ेम

एहमें नौ गौ गीत बा जवना के गीतकार खुद डा॰रंजू सिन्हा आ संगीतकार राज सेन आ प्रशांत हउवें.

मुख्य कलाकारन में सुदीप पाण्डेय , नाज सिन्हा ,सुदेश बेरी ,शांति कुमारी सिंह ,राजेश सोनी वगैरह आ मेहमान कलाकार दिव्या द्विवेदी, महेश राजा, सुमित्रा देसाई अउर मयुरी बाड़ी.

सह-निर्देशन राजा सुदर्शन सिंह के, कोरिओग्राफी दिनेश बलराज , रोशन राज, संपादन डी.के .शर्मा अउर अमित के बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts