बाबा रामदेव का लगे करिया कमाई वालन के सूची बा

योग गुरु बाबा रामदेव बुध का दिने रायपुर में कहले कि उनका लगे विदेश में आपन करिया कमाई के धन राखे वालन के सूची बा आ ऊ पूरा सुबूत का साथे जल्दिये एकरा के जगजाहिर कर दीहें. कहलन कि ऊ चाहत बाड़न कि देश के धन देश में वापिस आवे. राजनीति में उतरे का सवाल में बाबा रामदेव कहले कि ऊ अपने त चुनाव ना लड़ीहें बाकिर अपना उम्मीदवारन के चुनाव लड़ा सकेले आ हो सकेला कि एकर शुरुआत यूपी के विधानसभा चुनाव से कर दिहल जाव. उनुकर इच्छा बा कि कुछ दोसरो राजनीतिक दलन से उनकर समझौता हो जाव बाकिर ओह दलन के नाम ऊ नइखन बतवले.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..