गया मेडिकल कालेज मामिला पर हड़ताल तिसरको दिने जारी रहल
-

राजद विधायक सुरेन्द्र यादव के गिरफ्तारी के माँग करत बिहार के जूनियर डाक्टर बुध का दिने तिसरको दिने हड़ताल पर रहले जवना से राज्य के मेडिकल कालेज अस्पतालन में चिकित्सा सेवा ठप बराबर हो गइल बा. मरीज इलाज खातिर परेशान बाड़े आ दलालन के चाँदी हो गइल बा जे मरीजन के बहका के निजी अस्पतालन में ले जात बाड़े. ओने सरकार जूनियर डाक्टरन से निहोरा करत बिया कि ऊ लोग हड़ताल तूड़ के मानवता के सेवा में लागे दोषी विधायक के जरुर गिरफ्तार कइल जाई. पुलिस वालन के त पहिलही गिरफ्तार कइल जा चुकल बा. बुध का दिने पटना के इंदिरा गाँधी आयुर्वेदिक संस्थानो के जूनियर डाक्टर हड़ताल में शामिल हो गइले. ओने राजद डाक्टरन के एह हड़ताल के अनैतिक बतावत राजद विधायक सुरेन्द्र यादव के निर्दोष बतवले बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts