बिना अनुमति चुनाव प्रचार वाला विज्ञापन छपवावे पर रोक

बिहार विधानसभा चुनाव के पांचवा आ आखिरी दौर के चुनाव काल्हु होखे जा रहल बा. एह मौका पर बिहार के कवनो अखबार में कवनो गोल के विज्ञापन चुनाव आयोग के अनुमति का बिना छपवावे पर रोक लगा दीहल गइल बा.
आज दरभंगा के अखबारन में भाजपा के विज्ञापन में एगो औरत के गाय संगे फोटो छपल रहुवे आ नीतीश से बीफ मुद्दा पर कुछ सवाल पूछल गइल बा ओह विज्ञापन में कि एह बारे में ऊ आपन राय बतावसु. एह विज्ञापन के शिकायत महागठबन्हन के नेता चुनाव आयोग से कइलन जवना का बाद हर गोल के विज्ञापन पर पहिले इजाजत ले लेबे के बात कहल गइल बा.
चुनाव आयोग के कहना बा कि भड़काऊ भा नफरत बढ़ावेे वाला कवनो विज्ञापन कुछ बवाल मत करा देव.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।