खेल समाचार : भारत अउर दक्खिन अफ्रीका पहिलका टैस्‍ट
-

लिएंडर पेस आ स्पेन के रफेल नडाल के जोड़ी पेरिस मास्टर्स में पुरूष डबल्‍स वर्ग के पहिलके दौर में सीधे सेटन में हार के बाहर हो गइल बावे. एह जोड़ी के हरावे वाला रहल ब्रिटेन के डोमिनिक इंगलोट आ स्वीडन के राबर्ट लिंडस्टेट के जोड़ी.

भारत अउर दक्खिन अफ्रीका के बीच चार गो क्रिकेट टैस्‍ट मैचन के सीरीज के पहिलका मैच काल्हु से मोहाली में खेलल जाई.

कुवैत सिटी में चलत 13वां एशियाई निशानेबाजी चैम्पियनशिप में पहिला दिने भारतीय निशानेबाज आज पांच गो पदक जीतलें बाकिर रंजन सोढी समेत सीनियर निशानेबाज पोडियम पर जगह ना बना सकलें.

0 Comments

Recent Posts