बिना फाटक वाला क्रॉसिंग बंद भइला से नाराज लोग ट्रेन रोकलें

(फाइल फोटो)


मऊ,27 मार्च (वार्ता). मऊ के मोहम्मदाबाद गोहना कोतवाली इलाका में मऊ-शाहगंज रेलखंड पर एगो क्रॉसिंग बंद भइला से नाराज गाँववाला लोग रेलवे पटरी पर प्रदर्शन क के विरोध जतावल. एह बीच दू गो रेलगाड़ी रुकल रहली सँ. रेलवे सुरक्षा बल एह मामिला में विधायक रहल बैजनाथ पासवान समेत अढ़ाई सौ लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बावे.
रेलवे सुरक्षा बल इंस्पेक्टर डी के राय बतवले कि खुरहट से मोहम्मदाबाद गोहना रेलवे स्टेशन का बीच उतरेजपुर का सोझा विधायक रहल बैजनाथ पासवान अढाई सौ लोग का साथे रेल पटरी पर कब्जा क के नारेबाजी करवलें. एह चलते मऊ से आनंद विहार जात 15026 मऊ आनंद विहार एक्सप्रेस पांच मिनट ले आ गोरखपुर से लोकमान्य तिलक जाए वाली गोदान एक्सप्रेस के 30 मिनट ले रोक के राखल गइल.
कहलें कि दस जने नामजद का साथे ढाई सौ लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. एहमें पाँच दर्जन औरतो शामिल बाड़ी सँ.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।