‘बिहारी बन गइल हीरो’ बंपर ओपनिंग ले के मुंबई में रिलीज

BihariBanGayelHero
अनुग्रह फिल्म्स के बनावल भोजपुरी फिलिम ‘बिहारी बन गइल हीरो’ पिछला दिने बम्पर ओपनिंग ले के मुंबई आ अगल बगल के सिनेमाघरन में रिलीज कइल गइल. कुछ अउर सिनेमाघरन में ई अगिला हप्ता रिलीज होखी.
एह फिलिम के देखेवाला खूब पसंद करत बाड़ें. नया स्टार कास्ट होखला के बावजूद देखेवालन के भीड़ लागत बा. बॉबी-अंजना नीमन काम कइले बाड़ी. विवेक श्रीवास्तव के निर्देशन सराहेजोग बा.
फिल्म के निर्माता आर.डी. एवं सलामत खान, निर्देशक विवेक श्रीवास्तव, लेखक मनोज पांडेय, गीतकार-संगीतकार सुजीत चौबे, नृत्य निर्देशक मिहिर, अशोक-मयंक अउर फिरोज खान, कला दिनेश अउर सतीश, एक्शन हीरालाल यादव, सम्पादन सचिन आ छायांकन चंद्रप्रकाश अउर मसूद कुरैशी के ह. सह-निर्माता हउवें विजय अग्रवाल, मेहमूदी बेगम अउर मनीष चौबे.
मुख्य कलाकार बाड़ें बॉबी किशन, अंजना डॉब्सन, अवधेश मिश्रा, मनोज टाइगर, संजय पाण्डे, सुनीता सिंह, इमरान, देवेन्द्र, इसराईल वगैरह.
एह फिलिम के कहानी गांव के एक सीधवा नवही बबलू से शुरु होत बा. ई नवही अभिनेत्री रोशनी के दीवाना हो जाता. संयोगवश, बबलू के गांवे में एगो फिलिम के शूटिंग होखत बा जवना के हीरोइन हई रोशनी. हालात कुछ अइसन बनत बा कि बबलू रोशनी के ब्वाय बन जाता आ उनुका के एगो दुष्ट से बचावतो बा. यूनिट वापस चल जात बिया. आगे जा के रोशनी-बबलू कइसे आ कहनेँ मिलत बाड़ें आ बबलू कइसे हीरो बनत बा इहे एह फिलिम ‘बिहारी बन गइल हीरो’ के कहानी बा.


(समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।