इलाहाबाद में ‘जान हमार’ के शूटिंग पूरा भइल

JaanHamar
कोयल फिल्म्स के बनावल भोजपुरी फिलिम ‘जान हमार’ के दुसरका शेड्यूल के 16 दिन के शूटिंग हाल ही में इलाहाबाद में पूरा हो गइल,

एह फिलिम के निर्माता-निर्देशक काशीनाथ जायसवाल, लेखक-गीतकार मृत्युंजय श्रीवास्तव, संगीतकार राजा भट्टाचार्या, कैमरामैन शाहबाज खान ‘पप्पू’ आ क्रियेटिव डायरेक्टर पारस एन. सिंह हउवें.

नवोदित अभिनेता प्रेम सिंह ‘जान हमार’ फिलिम के नायक आ कल्पना शाह नायिका हई. अफरी खास कलाकार हउवें शाहबाज खान, अली खान, आनन्द मोहन, पूनम वर्मा, वंदना सिंह आ आईटम क्वीन सीमा सिंह.

‘जान हमार’ के कहानी एगो मनमौजी नवही के उदण्डता से शुरु होखत बा जेकरा से भर गाँव परेशान बा. बाकिर अनेरिया कृष्णा बदमाश ना ह एह चलते लोग ओकर शरारत प्यार से झेल लेबेलें. एही बीच ठाकुर के बेटी राधा एही अनेरिया कृष्णा से प्रार करे लागत बाड़ी.
बाकिर राधा के बाबूजी उनुका मंसूबा पर पानी फेर देत बाड़न. कृष्णा के ऊ तनिको पसन्द ना करसु आ राधा के बिआह दोसरा से करा देत बाड़न. ई सुन के कृष्णा त बउरा जात बा. एकरा बाद आगे का होखत बा से अबहीं सस्पेंसे रहे दीहल जाव.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts