बिहार आ यूपी के अनेक इलाका में ठनका गिरला से डेढ़ दर्जन लोग मरल

काल्हु बिहार आ उत्तरप्रदेश के अनेके इलाका में आँधी पानी आ ठनका गिरला का चलते नाहियो त तीन दर्जन से अधिका लोग मर गइल आ पाँच दर्जन लोग के झँउसला के खबर बा. अकेले बिहार से चौबीस लोग के मरे के आ तीस लोग के झँउसे के खबर बा. कैमूर जिला के अघौरा थाना के झड़पा गाँव में ठनका गिरला से तीन गो लड़िकन के मौत हो गइल आ दू जने झँउस गइल बाड़ें. बक्सर आ आरा में सड़कि पर गाछ गिरला से कई घंटा ले यातायात में बाधा आइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..