बिहार आ यूपी के अनेक इलाका में ठनका गिरला से डेढ़ दर्जन लोग मरल

काल्हु बिहार आ उत्तरप्रदेश के अनेके इलाका में आँधी पानी आ ठनका गिरला का चलते नाहियो त तीन दर्जन से अधिका लोग मर गइल आ पाँच दर्जन लोग के झँउसला के खबर बा. अकेले बिहार से चौबीस लोग के मरे के आ तीस लोग के झँउसे के खबर बा. कैमूर जिला के अघौरा थाना के झड़पा गाँव में ठनका गिरला से तीन गो लड़िकन के मौत हो गइल आ दू जने झँउस गइल बाड़ें. बक्सर आ आरा में सड़कि पर गाछ गिरला से कई घंटा ले यातायात में बाधा आइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।