जरला पर नून छिरिकलें रुढ़ी
-

महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में राजग के पी क़े शाही के हरला से आहत जदयू के घाव पर नून छिरिकत भाजपा महासचिव राजीव प्रताप रुढ़ी काल्हु कहलन कि मोदी के जतना जरूरत भाजपा के बा ओतने जदयूओ के बा. एह बात पर जदयू तुरते आपन विरोध जतवलसि आ कहलसि कि बिहार में कवनो दोसर नेता के जरूरत नइखे काहे कि राजग के नेता नीतीश कुमार अकेलही भारी बाड़ें. भाजपा नरेन्द्र मोदी के खास पद देबे के तइयारी मे बिया बाकिर आडवाणी खेमा पूरा ताकत से फच्चर फँसावे में लागल बा. आजु से गोवा में शुरु होखत कार्यकारिणी का बइठक से आडवाणी, उमा भारती, शिवराज सिंह चौहान, डा॰ रमण सिहं, रविशंकर प्रसाद,जसवंत सिंह वगैरह गैरहाजिर बाड़ें. आजु दुपहरिया जब नरेन्द्र मोदी गोवा चहुँपलन त उनकर शानदार स्वागत भइल. संकेत साफ बा कि भाजपा के बड़हन हिस्सा तय कर लिहले बावे कि मोदी के नेता मान लेबे के बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts