बिहार आ यूपी में मनरेगा में गड़बड़झाला

केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश कहले बाड़न कि मनरेगा में खामी निकाले वाला कैग से उनुका कवनो शिकायत नइखे काहे कि कैग के कामे होला गड़बड़ी खोजल आ ओकरा के सामने ले आवल. आ इहो साँच बा कि अनेके राज्यन में, खास कर के बिहार, यूपी आ ओडिशा में, एह योजना के फंड के गलत इस्तेमाल होखत बा.

कैग का रिपोर्ट में कहल गइल बा कि बिहार, यूपी, आ महाराष्ट्र में मनरेगा के बीसे फीसदी फंड के इस्तेमाल भइल बा जबकि एह राज्यन में देश के ग्रामीण आबादी के छियालिस फीसदी लोग रहेला.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।