डुमरांव कृषि विश्वविद्यालय के नाम बाबू कुँअर सिंह पर
-

जदयू का ओर से आयोजित बाबू कुँअर सिंह विजयोत्सव समारोह में बोलत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एलान कइलन कि डुमराँव कृषि विश्वविद्यालय के नाम बाबू कुँअर सिंह का नाम पर राखल जाई. एही भाषण का दौरान नीतीश कुमार कहलन कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिआवे ला तमाम बिहारियन के एकजुट होखे के पड़ी एह मुद्दा पर. साथही कहलन कि उनुका मन में प्रधानमंत्री बने के कवनो ख्वाहिश नइखे बाकिर जदयू अपना बुनियादी सिद्धांत से कवनो हाल में समझौता ना करी.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..