बिहार का देखादेखी यूपीओ में कड़ाई

पड़ोसी राज्य बिहार में भ्रष्टाचार का खिलाफ चल रहल लड़ाई के जनमानस पर प्रभाव देखत यूपी में बसपा तय कइले बा कि एहिजो अपराध पर काबू राखल जाई. पार्टी से दागी राजनेतवन के हटावे खातिर हर जिला कोआर्डिनेटर के कह दिहल गइल बा कि ऊलोग अपराधी आ दागी नेता लोग के सूची तइयार करे. अगर कवनो अपराधी भा दागी आदमी पार्टी का पद पर मिलल त कोआर्डिनेटरो लोग का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई. हालही में भइल पंचायत चुनाव में बसपा नेता लोग दबंगई के खेल खुल के खेलल जवना से राज्य में आम जनता पर गलत प्रभाव पड़ल बा. सगरी पार्टि सदस्यन के कह दिहल गइल बा कि मायावती के जन्मदिन के तइयारी सादगी से होखे आ चन्दा खातिर कतहीं जोरजबरदस्ती के शिकायत ना आवे के चाहीं.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।