भारत के हालत फेर खराब बा
-

पहिलका टेस्ट में पारी का हार का बाद भारत दक्षिण अफ्रीका से आजु शुरु दुसरको टेस्ट में खराब हालत में आ गइल बा आ पहिलका दिने खेल खतम होखे का बेरा ऊ छह विकेट का नुकसान पर १८३ रन पर रहुवे. बड़ बड़ जने दहाइल जासु, गदह पूछे कतना पानी ? अब पुछल्ला खिलाड़ियन का भरोसे बकतूतई हो रहल बा कि हरभजन चाह दीहें त भारत के वापसी हो सकेला. आजु वीरेन्द्र सहवाग २५ रन पर, मुरली विजय १९ रन पर, राहुल द्रविड़ २५ रन पर, सचिन तेंदुलकर १९ रन पर, वीवीएस लक्ष्मण ३८ रन पर, आ चेतेश्वर पुजारा १९ रन पर आउट हो गइलें. धोनी आ हरभजन मैदान पर बाड़े. दक्षिण अफ्रीका के डेल स्टेन मात्र ३६ रन दे के चार गो विकेट चटका दिहलन. पिछलको टेस्ट में उहे भारत के हरावे के जिम्मेदार रहलन. दू गो विकेट जैक्स कालिस के मिलल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts