बिहार के खबर

(शनिचर 17 सितम्बर)

  • हत्या आ लूट का छह गो मामिला में आरोपी उपेन्द्र राय के मढ़ौरा के हरपुरा गाँव से गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • सिवान पुलिस का हिरासत मे मरे वाला युवक खातिर राजद दस लाख रुपिया मुआविजा मँगलसि आ पुलिस वालन पर मुकदमा दर्ज करे के माँग कइलसि.
  • मुजफ्फरपुर मोतिहारी रेलखण्ड पर कपरपूरा टिसन का लगे दू गो मजदूर के ट्रेन से कटला से मौत हो गइल.
  • गया में एगो नक्सली एरिया कमांडर भोला साह के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • सारण जिला के डोरीगंज थाना इलाका में काल्हु सरयू नदी में नहाये गइल दू गो नवजवान डूब गइले. लाश खोजे खातिर गोताखोरन के लगावल गइल बा.
  • मुजफ्फरपुर जिला के अहियापुर थाना इलाका में एगो आवासीय निजी विद्यालय में चउथा क्लास के एगो छात्र झगड़ा का चलते तिसरा क्लास के एगो छात्र पर सूतला में किरासन तेल उझिल के आग लगा दिहलसि जवना से ऊ बहुते जर गइल.
  • नालंदा लाठीचार्ज मामिला में सगरी 40 पुलिसकर्मियन के नूर सराय थाना से हटा दिहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।