बिहार के खबर

(बुध, 23 नवंबर)

  • नीतीश कुमार कहलन कि संसद में मँहगाई का मुद्दा पर विपक्ष के एका केन्द्र सरकार के सही राह देखावे आ ओकरा पर नकेल कसे वाला बा.
  • गया जिला के इमामगंज में पंजाब नेशनल बैंक के रानीगंज शाखा से करीब आठ लाख रुपिया लूट लिहल गइल.
  • बिहार के विशेष राज्य के दर्जा देबे पर विचार करे खातिर केन्द्र एगो अंतरमंत्रालय समूह बनवलसि जे बिहार सरकार के ज्ञापन पर विचार कर के आपन राय दी. ओह राय पर फेर राष्ट्रीय विकास परिषद विचार करी.
  • लोजपा छोड़ के जदयू में आइल राज्य सभा सांसद साबीर अली राज्यसभा से इस्तीफा दे दिहले रहले जवना के आजु उपसभापति सकार लिहलन.
  • भठियरपन के एगो मामिला में पुलिस उपाधीक्षक चन्द्र प्रकाश पासवान के गिरफ्तार कर के जेल भेज दिहल गइल. चन्द्र प्रकाश जब पटना विजिलेंस ब्यूरो मुख्यालय पर पदस्थापित रहलन तवना घरी मुजफ्फरपुर के खाद्य निगम प्रबन्धक मनोज कुमार के रिश्वत लेत गिरफ्तार कइल गइल रहे. मनोज कुमार के एटीएम कार्ड ले लिहल गइल रहे आ बाद में ओह एटीएम कार्ड से मनोज का खाता से पाँच लाख दस हजार रुपिया निकाल लिहल गइल रहे.
  • सारण जिला के नयागाँव इलाका के बरियारचक का नियरा एगो सड़क दुर्घटना में एगो साइकिल सवार के मौत हो गइल.
  • बिहार सरकार अब अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के किशनगंज शाखा खातिर एके जगहा दू सौ चौबीस एकड़ जमीन उपलब्ध कराई. पहिले तीन जगहा मिला के ओतना जमीन दिहल जात रहे जवना खातिर अमुवि तइयार ना भइल.
  • बक्सर जिला में अलग अलग जगहा भइल ट्रेन दुर्घटना में तीन लोग के मौत हो गइल. पूर्वी गुमटी पर मोटरसाइकिल सवार प्रदीप ठाकुर के, रघुनाथपुर टीसन का लगे बिट्टू ओझा के आ बरुना टीसन का लगे एगो अनजान आदमी ट्रेन से गिरके मर गइल.
  • रोहतास के चुटिया इलाका से मनोज यादव नाम के एगो माओवादी के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • चर्चित प्रोफेसर मटुकनाथ के बर्खास्तगी वापिस ले लिहल गइल. मटुकनाथ आपन अनशन खतम कर दिहले.

0 Comments