उत्तर प्रदेश के खबर
-

(बुध, 23 नवंबर)

  • राहुल गाँधी आजु प्रदेश में अपना पार्टी के चुनाव अभियान चलावत जाति आधारित राजनीति करे वालन के आलोचना कइले. मायावती आ मुलायम का बारे में कहलन कि एह लोग के जमीनी हकीकत मालूम नइखे काहे कि ई लोग जनता से कट चुकल बा.
  • बसपा राहुल के आलोचना करत कहले बिया कि उनुकर बयान राजनीति का चलते बा आ जवना तरह उनुकर रोड शो चलत बा ओह से जमीनी हकीकत पता ना लगावल जा सके.
  • मऊ के मोहम्मदाबाद गोहना में एगो पुलिस बूथ से एगो जीप टकरा गइल जवना से ओह पर सवार सात जने के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइले. ई सगरी लोग बलिया जात रहुवे.
  • अगिला साल के बीएड परीक्षा इक्कीस अप्रेल के करावल जाई. परीक्षा के संचालन फैजाबाद के लोहिया अवध विश्वविद्यालय करवाई. अगिला साल पहली फरवरी के एकर विज्ञापन प्रकाशित होई. दस फरवरी से आवेदन पत्र मिले लागी जवना के दस मार्च तक भर के जमा करावे के पड़ी. बीस मई के रिजल्ट निकालल जाई आ एक जून से पच्चीस जून ले कान्सिलिंग करावल जाई.
  • बाराबंकी जिला में केंद्रीय मंत्री बेनी प्रसाद वर्मा आ उनुका बेटा का खिलाफ एगो कांग्रेसी नेता के जान से मारे के कोशिश करे के मुकदमा दर्ज भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts