बिहार पर जादू कर दिहलन नीरज यादव

Akshara-Pratighatभोजपुरी फिलिम ‘प्रतिघात’ से एगो नया आ जबरदस्त खलनायक के आगम भइल बा सिनेमा भोजपुरी में. ई हउवें नीरज यादव अहिरा. पिछला दिने बिहार में रिलीज भइल भोजपुरी फिलिम ‘प्रतिघात’ में नीरज मुख्य खलनायक बाड़ें. आ नीरज यादव के खूंखार खलनायकी दर्शकन के बहुत पसंद आइल बा. एही से लागत बा कि अपना पहिलके फिलिम ‘प्रतिघात’ से बिहार पर जादू कर दिहले बाड़न नीरज यादव.

नीरज यादव अहिरा के पर्सनालिटीए अइसन बा जे कवनो दर्शक के रोंआ खड़ा करा दी. कहे ला त ‘प्रतिघात’ महिला प्रधान फिलिम ह बाकिर सभे कहत बा कि फिलिम के प्लस प्वायंट बाड़ें नीरज यादव अहिरा.

अनुभव मोशन पिक्चर्स के एह फिलिम के निर्देशक राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता आनंद डी. गहतराज हउवें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।