रामाकांत प्रसाद के जलवा
-

ramakant-prasadसिनेमा भोजपुरी के सुपरहिट निर्देशक रामाकांत प्रसाद के हालिया प्रदर्शित फिलिम ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ के जलवा बिहार में सगरो चलत बा सगरी सिनेमाघर में शानदार कलेक्शन बिटोरलसि ई फिलिम आ दुसरको हफ्ता में निकहा बिजनेस करत बिया. भोजपुरी परदा पर ‘लागल रहा ए राजा जी, दीवाना, दाग, दिलजले, जान तेरे नाम’ जइसन फिलिम देबेवाला रामाकांत प्रसाद के ई लगातार 11वीं सुपरहिट फिलिम हवे. एहमें एक्शन स्टार विराज भट्ट, अंजनी सिंह, गोलू आ तनुश्री मुख्य किरदार में बाड़ें. दर्शकन के एह फिलिम के प्रस्तुतिकरण आ निर्देशन बहुते नीक लागल बा. भोजपुरिया नवही एकरा के भोजपुरिया आशिकी के नाम दे दिहले बाड़ें.

एह फिलिम के संगीतो रामाकांत प्रसाद के बाकी फिलिमने का तरह हिट बा. आदिशक्ति इंटरटेन्मेंट, नवभ्यु मल्टीमीडिया, कुमारी माई मूवीज के परोसल एह फिलिम के निर्माण श्रीमती चन्द्रावती प्रोडक्शन्स, इन्द्रा फिल्मस के बैनर में रामाकांत प्रसाद, ब्रजेश सिंह आ संजय सिंह राजपूत कइले बाड़न.

अपना एह फिलिम के सफलता से रामाकांत बेहद खुश बाड़न.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts